मंगलवार, 14 जुलाई 2020

धरती पर उहे नू महान बा

भोजपुरी कविता 
*********************
धरती पर उहे नू महान बा
*************************
कुछू पर कबो ना जेकर बिगड़त ईमान बा। 
सचमुच में धरती पर उहे नू महान बा। 

भजत भगवान बा, क़रत नेकी दान बा।
हर-हर में हरि जी के, क़इले धेयान बा। 
सबके भलाई क़रत, सझिया -बिहान बा।
सचमुच में धरती पर उहे नू महान बा।

निमन हरदम बोलता, सांच से ना डोलता। 
धरम के मरम जे, बात -बात में ख़ोलता। 
पाप निन्दा बाउर से  हरदम सावधान बा।
सचमुच में धरती पर उहे नू महान बा।

दुसरा के भरता, केहु पर ना जरता   
बात देके कहुये के, पिछे नाही टरता। 
छल कपट तनिको ना, मिठा जुबान बा।
 सचमुच में धरती पर उहे नू महान बा।

मन में ना राखत कवनो कसर कोर बा। 
जेने जाता चारु ओर, करत अजोर बा। 
नेकी भलाई के देह, जेकर खान बा।
सचमुच में धरती पर उहे नू महान बा।

चाहे नाही आदर -मान, सेवा में बसे परान। 
जहरो जे पी के हरदम, करत बाटे मुसकान। 
झूठ पर ना "बाबूराम कवि "जेकर कान बा।।
 सचमुच में धरती पर उहे नू महान  बा।

*************************
बाबूराम सिंह कवि 
ग्राम -बड़का खुटहाँ, पोस्ट -विजयीपुर (भरपुरवा) 
जिला-गोपालगंज (बिहार) पिन -841508
मो 0नं0-9572105032
************************

कोई टिप्पणी नहीं:

टिप्पणी पोस्ट करें